भोजपुरी ग़ज़ल (मुखौटा)
सही बात केहू बतावत कहां बा।
बिगाड़त सभे बा बनावत कहां बा।
बड़ी आश मन से जरवनी उ दीआ
बुतावत सभे बा जरावत कहां बा
चली आग देखीं कहां से इ आइल,
लुका के उ लूती,लगावत कहां बा।
जहां प्रेम गंगा शुरू से बहल जी,
उ आके जहरिआ मिलावत कहां बा।
बड़ी साफ सुथरा बनावे उ बतिया,
चलीं देखि गलिआ बजावत कहां बा।
न जाने जमाना इ काहे न देखे,
उ "प्यासा" मुखौटा चढ़ावत कहां बा।
-"प्यासा"
© विजय कुमार पाण्डेय "प्यासा"


The Flower of Word by Vedvyas Mishra
The novel 'Nevla' (The Mongoose) by Vedvyas Mishra
The Flower of Word by Vedvyas Mishra







