बहिन लोग जिम्मेदारी ले लिहिन
राखी बाँधिन व्यापारिन के
बदला में मांगिन भईया कर दिहो
पुराने दाम पै चीनिन के
सरकार के शुगर होइ गे ह
वहके कउनो फरक न पड़ीs
जनता के भी शुगर होइ जाई
अगर मिठास के खातिर लड़ीs
मिठाई वाले मोटका भईया भी
पिचास रूपिया ले दाम बढ़वलें
औरू बढ़ी दाम एकरा के
पैगाम कान में कई बार पठवले
चाय - चुक्कड़ वाले भी चेतावत बाटे
के चुस्की जल्दिए बढ़ी ए बाबू
दाम पकौड़ी और समोसा के
उछलौवा बोखार चढ़ी ए बाबू
मन के मिठास में मिसरी के जगहि
कुख्यात करैली नाचत बा
नेता लोग चीनी के ऊपर
कउनो कथा न बांचत बा
शुगर के डर मन में पैठावs
कम्मे चीनी के खरीद करs
जे केहू चीनी पर बेतुका ज्ञान दे
शब्द हथुआड़ा रसीद करा
-सिद्धार्थ गोरखपुरी


The Flower of Word by Vedvyas Mishra
The novel 'Nevla' (The Mongoose) by Vedvyas Mishra
The Flower of Word by Vedvyas Mishra







