गजब जमाना बाटे भाई।
गजब जमाना बाटे भाई।
का छोड़ीं आ का बतलाईं।
बात बतकही उल्टा पुल्टा।
सिधवन के लोग कहे कुल्टा।
चुगुला-बतकट मजा उठाई।
सीधा हांथ मले पछताई।
गजब जमाना बाटे भाई।
केहू जे अब लउकित आपन।
बात में दिहित ना विज्ञापन।
झूठ के समझे सभे जरुरी।
मुँह पर राम अ बगल में छुरी।
अपने मुँह से अपन बड़ाई।
गजब जमाना बाटे भाई।
राह चलत रख्खे हुसियारी।
उहे जगत में कहीं न हारी।
कम बोले अ रहे डेराइल।
समझीं रोज मुसीबत आइल।
सीधा के कुछ कहीं न भाई।
गजब जमाना बाटे भाई।
पढल-लिखल बेरोजगार बा।
अइसन आपन इ सरकार बा।
भोट ले खाली बा जरूरी।
नोकरी खाति काटीं घूरीं।
जनरल आखिर कहवां जाई।
गजब जमाना बाटे भाई।
--"प्यासा"
© विजय कुमार पाण्डेय "प्यासा"
Pyasa kavi, Bhojpuri kavita


The Flower of Word by Vedvyas Mishra
The novel 'Nevla' (The Mongoose) by Vedvyas Mishra
The Flower of Word by Vedvyas Mishra







